मॉरिसस मे आजुवे के दिने पहुंचल रहे पहिला भोजपुरिया ( गिरमिटीया )

आजुवे के दिने ( 2 नवम्बर 1834 ) मॉरिसस मे भारत से भोजपुरिया लोगन के पहिला खेप एटलस जहाज से पहुंचल रहे । एग्रीमेंट के हिसाब से मजदूर लोग मॉरिसस पहुंचल रहे जे बाद मे ” गिरमिटिया ” के नाव से जानल जाला । 5 साल के कांट्रेक्ट ओह लोगन से भईल जे कलकत्ता मे ओह घरी नोकरी करत रहे , आ ब्रिटेन के ट्रेडिंग कम्पनी ” हंटर-आर्बुथ्नाट एंड कम्पनी ” संगे ई कांट्रेक्ट जवना के एग्रिमेंट कहल गईल बनल रहे ।

पहिला खेप मे उ लोग रहे जे बिहार आ पुर्वांचल से कलकत्ता मे नोकरी करत रहे आ ओह लो के बहुत कुछ देबे के वादा कई के ई एग्रिमेंट भईल रहे । ब्रिटेन के ई कम्पनी ओह घरी कलकत्ता आ मॉरिसस दुनो जगहा रहे आ ओकरा बिहार पुर्वांचल के लोग मजदूरी खाति नीमन बुझाईल ।

36 लोगन के पहिला टीम जवना के मेठ ” स्वरुप ” रहले आ उनुका संगे रहले सबराम । एह लो के संगे जाये वाला अउरी लोगन मे कुछ नाव रहे कैलाशचंद , दूखन , भुमराह , बुद्धू , बिगना , चम्पा , लुगन , बुद्धराम । कांट्रेक्ट बंगाली भाषा मे लिखल रहे जवना मे महीना के तनखाह मे मरदाना खाति 5 रुपया आ मेहरारुन खाति 4 रुपया रहे । मेठ के तनखाह 10 रुपया महीना आ मेठ के संगे जे रहे ओकर 8रुपया महीना तनखाह रहे ।ई यात्रा कलकत्ता पोर्ट से पोर्ट लुईस ( अप्रवासी घाट ) ले रहे ।

1834 से 1910 के बीचे 451796 लोग मॉरिसस गईल रहे जवना मे 346036 लोग मरदाना आ 105760 लोग मेहरारु रहे । तकरीबन 294257 लोग मारिसस मे रुकि गईल , जबकि 157539 लोग वापस भारत लवट आईल आ एहि मे से कुछ लोग दक्षिण अफ्रीका , ब्रिटिश गुयाना , त्रिनिदाद आ फिजी चल गईल ।

मॉरिसस मे पहुंचल इहे लोग आजुओ अपना भाषा अपना संस्कार के बना के रखले बा , आजूओ एह देस मे भोजपुरी के फेंड़ प हिन्दी के फर लागल बा ।

मॉरिसस में 2 नवम्बर के Arrival of Indentured Labourers Day कहल जाला आ आज के दिने ओजुगा स्कूल कॉलेज दफ्तर आदि जगहन प छुट्टी रहेला ।

बेरि बेरि नमन मेहनतकश समाज के ….

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

You missed

डॉ भीमराव अंबेडकर राष्ट्र गौरव अवार्ड – 2025 के लिए झारखंड के डॉ बीरेन्द्र महतो का चयनरांची : झारखंड में लुप्त होती कठपुतली कला व नागपुरी भाषा के संरक्षण व संवर्द्धन के क्षेत्र में सराहनीय योगदान के लिए टीआरएल संकाय, रांची विश्वविद्यालय के नागपुरी विभाग के प्राध्यापक डॉ बीरेन्द्र कुमार महतो का चयन “डॉ भीमराव अंबेडकर राष्ट्र गौरव अवार्ड – 2025” के लिए किया गया है. फतेहाबाद, आगरा में डॉ भीमराव अंबेडकर जयंती के मौके पर 14 अप्रैल को इस सम्मान से डॉ महतो को सम्मानित किया जायेगा.डॉ महतो ने बताया कि बृजलोक साहित्य कला संस्कृति अकादमी के मुख्य अध्यक्ष डॉ मुकेश कुमार ऋषि वर्मा ने पत्र जारी कर यह जानकारी दी है.